संयुक्त राष्ट्र संघ में मानवाधिकार क घोषणा भोजपुरीओ में कईल गइल बा।
1 min read
संयुक्त राष्ट्र संघ में मानवाधिकार क घोषणा भोजपुरीओ में कईल गइल बा।
=========================
सन्युक्त राष्ट्र संघ देवे से मानवाधिकारन क घोषणा बिस्व के १५४ भाषा में कईल गइल बा, जेमे भोजपुरी, अउर सूरीनामी हिन्दुस्तानी बा। सूरीनामी हिन्दुस्तानी भाषा सूरीनाम में बोलल जाला, ई एकदम भोजपुरिए नीयन हऽ खाली एके रोमन लिपि में लिखल जाला। संयुक्त राष्ट्र संघ देवे से कइल मानवाधिकारन क घोषणा के पहिला अनुच्छेद भोजपुरी में नीचे लिखल बा-
अनुच्छेद ०१: सबहि लोकानि आजादे जन्मेला आउर ओखिनियो के बराबर सम्मान आ ओर अधिकार प्राप्त हवे। ओखिनियो के पास समझ-बूझ अउर अंत:करण के आवाज होखता आ ओर हुनको के दोसरा के साथ भाई चारा क बेवहार करे के होखला।
अनुच्छेद ०१: सब मनुष्यन के गौरव अउर अधिकारन के मामले में जन्मजात स्वतन्त्रता अउरी समानता प्राप्त ह। उनके बुद्धि अउर अन्तरात्मा क देन प्राप्त ह अउर परस्पर उनकर भाई चारा क भाव से बर्ताव करे क चाही।
पनपा